Font by Mehr Nastaliq Web

सपना के तलाश में सपना टूट जाला

sapna ke talash mein sapna toot jala

शिव संदेश

शिव संदेश

सपना के तलाश में सपना टूट जाला

शिव संदेश

और अधिकशिव संदेश

    सपना के तलाश में सपना टूट जाला

    दुनिया खातिर इच्छा आपन छूट जाला

    लोग चले दोसर के गली में सम्हाल के

    बाकिर अपने गली में लोग लूट जाला

    करे के बेरिया केहू ना भेटाए इहाँ पर

    माला लगावे बेरिया सबकोई जुट जाला

    सब के अपना दिल भीतर राखेला शिव

    पर मजबूरी में लोग के दिल फूट जाला

    जिन्दा में कहाँ लोग के बुझाला महत्व

    मर गइला पर बराती में बहुत गुट जाला

    स्रोत :
    • पुस्तक : बेचैन संदेश (भोजपुरी गजल-संग्रह) (पृष्ठ 26)
    • रचनाकार : शिव संदेश
    • प्रकाशन : भोजपुरी प्रज्ञा प्रतिष्ठान, काठमांडू, नेपाल
    • संस्करण : 2024

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY