Font by Mehr Nastaliq Web

पता ना ई दुनिया कवन चला रहल बा

pata na ii duniya kavan chala rahal ba

शिव संदेश

शिव संदेश

पता ना ई दुनिया कवन चला रहल बा

शिव संदेश

और अधिकशिव संदेश

    पता ना दुनिया कवन चला रहल बा

    कभी रोआ रहल बा, कभी हँसा रहल बा

    मिलेला केकरा से, व्याकुल बा रातदिन

    नदी के जइसन जिनगी के बहा रहल बा

    बाहरी दुनिया छोड़ के भीतरी दुनिया में

    खोजे खातिर बारम्बार के जगा रहल बा

    समझ ना आवे अब कवन रास्ता पकड़ीं

    कभी बोला रहल बा कभी भगा रहल बा

    धर्म विज्ञान के घोचपेंच में अझुराइल

    जाने शिव के मन काहे डगमगा रहल बा

    स्रोत :
    • पुस्तक : बेचैन संदेश (भोजपुरी गजल-संग्रह) (पृष्ठ 1)
    • रचनाकार : शिव संदेश
    • प्रकाशन : भोजपुरी प्रज्ञा प्रतिष्ठान, काठमांडू, नेपाल
    • संस्करण : 2024

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY