नेह गंगा बहावे चलीं जा
neh ganga bahave chalin ja
नेह गंगा बहावे चलीं जा
डाह मन के दहावे चलीं जा
हो गइल घर बा जर्जर पुराना
भीति नयका उठावे चलीं जा
तान लेवे के ना बेसुरा अब
लोक के राग गावे चलीं जा
खोल पावे ना चाहे जे केहू
गाँठ अइसन बन्हावे चलीं जा
काट दुश्मन के लेवे जे गर्दन
सान अइसन धरावे चलीं जा
लाज रखलस कटा के जे गर्दन
फूल अरपन चढ़ावे चलीं जा
- पुस्तक : समय के राग (पृष्ठ 73)
- संपादक : जगन्नाथ, भगवती प्रसाद द्विवेदी
- रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
- प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
- संस्करण : 2003
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.