Font by Mehr Nastaliq Web

केकर-केकर नांव गिनाईं, केकर नांव धरीं

kekar kekar naanv ginain, kekar naanv dharin

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

केकर-केकर नांव गिनाईं, केकर नांव धरीं

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    केकर-केकर नांव गिनाईं, केकर नांव धरीं

    अस मन करे कि कतहूँ जा के कुआं में कूद परीं॥

    आपन लाश उठवले बानी अपने कान्हा हम

    जीयत होखीं तब नू जा के कतहूँ डूब मरीं॥

    जिनगी सगरी रात अन्हरिया कटले कहाँ कटे

    भगजोगनी अइसन बोलीं हम कब ले मरीं-जरीं॥

    रउरे हाकिम, रउरे मुजरिम, रउरे बनी गवाह

    दोष बताईं राउर साबित कइसे कहाँ करी॥

    घामा में हमनी के चूरन बेंच रहल बानी

    एसी में बइठल रउरा हमनी के भाव करीं॥

    सुख में साथी, दुख में दुश्मन, नया बात नइखे

    जइसन करनी कइनी ओइसन भरनी चलीं भरीं॥

    हमनी के चमचई करते सउंसे उमिर बितल

    जिनगी के बह कहिया ले हम बोलीं इहाँ भरीं॥

    डर अइसन कि कांपत-कांपत सत्तर साल गइल

    रउरा बोलीं अब कहिया ले केतना रोज डरीं॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 48)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY