Font by Mehr Nastaliq Web

काम सब जहुआ

kaam sab jahua

ए. कुमार ‘आँसू’

ए. कुमार ‘आँसू’

काम सब जहुआ

ए. कुमार ‘आँसू’

और अधिकए. कुमार ‘आँसू’

    काम सब जहुआ गइल बा, का करीं

    जिन्दगी अझुरा गइल बा, का करीं

    देखते-देखत बुढ़ापा गइल

    प्रान अब अकुला रहल बा, का करीं

    जिन्दगी कब तक रही, मुश्किल कहल

    लोग सब बउरा गइल बा, का करीं

    आदमी ना हऽ, गेहुँवन साँप हऽ

    प्रान के हदसा गइल बा, का करीं

    लोग बा, उतजोग बा 'आँसू' तबो

    फूल सब मुरझा गइल बा, का करीं

    स्रोत :
    • पुस्तक : समय के राग (पृष्ठ 26)
    • संपादक : जगन्नाथ, भगवती प्रसाद द्विवेदी
    • रचनाकार : ए. कुमार ‘आँसू’
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY