झूठा सब वरदान भइल बा
jhutha sab vardan bhail ba
झूठा सब वरदान भइल बा
पूरा कब अरमान भइल बा
जिनगी के बा कवन निशानी
मउअत के सामान भइल बा
नाव भँवर में नाचत बाटे
घरवे में तूफान भइल बा
बा पहिचान बनावल मुश्किल
जानल सब अनजान भइल बा
सब दिन बा हमरे निहुरे के
अइसनके फरमान भइल बा
- पुस्तक : समय के राग (पृष्ठ 72)
- संपादक : जगन्नाथ, भगवती प्रसाद द्विवेदी
- रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
- प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
- संस्करण : 2003
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.