Font by Mehr Nastaliq Web

कागज के नाव पर सवार भइल दुनिया

kagaj ke naav par savar bhail duniya

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

कागज के नाव पर सवार भइल दुनिया

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    कागज के नाव पर सवार भइल दुनिया

    कि खुदे बिनास के कगार भइल दुनिया॥

    बम आ बारूद के बेसाहे के होड़ मचल

    खाली हथियार के बाज़ार भइल दुनिया॥

    बुद्ध, महावीर आ विवेका के पूछो के

    जइसे मंडूप के इनार भइल दुनिया॥

    गंगा जल, जमजम के पानी उदास भइल

    तेल, पेट्रोल के बस धार भइल दुनिया॥

    नयका हथियारन के लागे नुमाइश रोज

    विश्व-युद्ध खातिर तईयार भइल दुनिया॥

    राजनीति में सगरी धरमे के होड़ मचल

    धरम पर सियासत सवार भइल दुनिया॥

    केकरा के छोड़ी आ केकरा के लिक्खी हम

    धन बल के आगे लाचार भइल दुनिया॥

    भारत के महाशक्ति में जब-जब नाम आइल

    छल आ प्रपंच में उजियार भइल दुनिया॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 47)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY