Font by Mehr Nastaliq Web

छाप के बेचतीं हम कहिया ले इ अखबार चचा

chhaap ke bechtin hum kahiya le i akhbar chacha

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

छाप के बेचतीं हम कहिया ले इ अखबार चचा

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    छाप के बेचतीं हम कहिया ले इ अखबार चचा

    बेंच के छापे के कइनी हँऽ कारोबार चचा॥

    छोड़ के जाई कहाँ? रोजी आ रोजगार चचा

    गल गइल एही सियासत में इ परिवार चचा॥

    एके हाली में होला साँच के इजहार चचा

    झूठ बोले के बा तऽ बोलीं ना सौ बार चचा॥

    धरम आ, जात में त आज ले बाँटत बानीं

    अउर केतना करेब हमनीं प ई उपकार चचा॥

    बाँट दीं, तूड़ दीं काहें कि विपक्षी बानीं,

    भाड़ में जावऽ भले देश आ सरकार चचा॥

    कोल्ड-स्टोर में ईमान बचा के राखीं

    आई सीजन तऽ करेब भाव से व्यापार चचा॥

    एक तरफ हमनी के आ एक तरफ रउरा सभे

    धरम आ जात के बा बीच में बाजार चचा॥

    अपना चैनल से तऽ कविता के युध्द होते बा

    का होई कीन के इजराइली हथियार चचा॥

    एक दुसरा के कहे चोर, सियासत हऽ इहे

    एक ही गोल के सब लोग हऽ बटमार चचा॥

    तंग साहब सभे, छितरा गइल हेने-होने

    अब त बस रउरा आ हम, अउर ई दरबार चचा॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 52)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY