Font by Mehr Nastaliq Web

अपना खातिर लइकन के बदनाम करीं

apna khatir laikan ke badnam karin

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

अपना खातिर लइकन के बदनाम करीं

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    अपना खातिर लइकन के बदनाम करीं

    रात बदे एह सुबह के मत नीलाम करीं॥

    लइकन के कान्हा पर बा बन्दूक धइल

    धीरे-धीरे रउरा कतलेआम करीं॥

    रउरा नाम से भारत ना अंजोर होई

    भारत के बूता पर आपन नाम करीं॥

    सत्ता सुख पावे के बा तऽ देश बदे

    आईं बढ़िया ढंग के कवनो काम करीं॥

    राजनीति में 'वाद' ह सगरी धुआँ-धुआँ

    माटी चन्दन, देश के चारों-धाम करीं॥

    सवा अरब लोगन से ई भारत कहलस

    टाँगी लीं आ मन के अब पशुराम करीं॥

    अल्ला, ईश्वर वाहे गुरु आ ईशू से

    पहिले अपना मन के खुद परनाम करीं॥

    चारों ओर अन्हरिया छपले बा साधो

    सुबहे बनारस अउर अवध के शाम करीं॥

    गद्दारी के ठप्पा ना लग जाय कहीं

    छोड़ीं सियासत तंग जी अब आराम करीं॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 33)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY