Font by Mehr Nastaliq Web

आदमी से अब भरोसा

adami se ab bharosa

कृष्णानन्द कृष्ण

कृष्णानन्द कृष्ण

आदमी से अब भरोसा

कृष्णानन्द कृष्ण

और अधिककृष्णानन्द कृष्ण

    आदमी से अब भरोसा उठ गइल बा

    जिन्दगी के दिन कटल मुसकिल भइल बा

    दे रहल बानी सफाई बस करीं अब

    के कहत बा, मन भला राउर मइल बा

    आदमी से आदमी मिल के रही अब

    झूठ ऐलान रउरे नूँ कइल बा

    ओढ़ के संसद गइल चादर रहीं जे

    आज जस-के-तस उहे चादर धइल बा

    हो गइल दिल लोग के पातर गली अस

    'कृष्ण' का दिल के बहुत कोना फइल बा

    स्रोत :
    • पुस्तक : नया सूरज चढ़ल जाता (पृष्ठ 33)
    • रचनाकार : कृष्णानन्द कृष्ण
    • प्रकाशन : पुनः प्रकाशन, पटना
    • संस्करण : 2000

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY