आदमी आदमी में होखेला
adami adami mein hokhela
आदमी आदमी में होखेला
दर्द कुछ जिन्दगी में होखेला
प्रीत के रीत ई बातावेला
बात कुछ दिल्लगी में होखेला
रूप के धूप कुछ अउरो निखरे
नेह जब चाँदनी में होखेला
कुछ त समुझे के अब जतनो जानीं
कुछ त नेकी बदी में होखेला
रूप का धाह से जर जाई सब
धार उमड़ल नदी में होखेला
जाके सीखीं ना रउवो 'जौहर' से
बात जे सादगी में होखेला
- पुस्तक : रंगमहल (पृष्ठ 97)
- रचनाकार : जौहर शफियाबादी
- प्रकाशन : शिवालिक प्रकाशन, दिल्ली
- संस्करण : 2019
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.