स्याम गइले मधुबनवाँ राम से दगा दे के ना।
syaam gaile madhubanvan raam se daga de ke na.
महेन्द्र मिसिर
Mahendra Misir
स्याम गइले मधुबनवाँ राम से दगा दे के ना।
syaam gaile madhubanvan raam se daga de ke na.
Mahendra Misir
महेन्द्र मिसिर
और अधिकमहेन्द्र मिसिर
(पूरबी)
दगा देके ना हो, स्याम, दगा दे के ना,
स्याम गइले मधुबनवाँ राम से दगा दे के ना।
ओही मधुबनवाँ से ऊधो बाबा अइले
से लेइ रे अइले ना,
ऊहो जोगिन के सनेसवा राम से लेइ रे अइले ना।
बंसिया बजा के स्याम मोहले परानवाँ
से कहियो गइले ना,
अपना दिलवा के बतिया राम से कहियो गइले ना।
कहत महेन्दर, आली अइहें बनमाली
तुहूँ जागल रहियो ना,
सखिया, आजुए के रतिया तुहूँ जागल रहियो ना।
- पुस्तक : महेन्द्र मिसिर के चुनिंदा भोजपुरी गीत (पृष्ठ 40)
- संपादक : भगवती प्रसाद द्विवेदी
- रचनाकार : महेन्द्र मिसिर
- प्रकाशन : सर्व भाषा ट्रस्ट, नई दिल्ली
- संस्करण : 2021
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.