Font by Mehr Nastaliq Web

नमन बाटै

naman batai

बाबू के नमन बाटै माई के नमन बाटै भाई भउजाई के नमन करजोर के।

टोला के नमन कोली कोला के नमन बाटै नमन वयस के नमन बा किशोर के।

गोतिया परोसिया के जात परजात के नमन साहुकार के नमन बाटै चोर के।

जूआ के नमन वा शराब के नमन बाटै नमन समाज में मचल हँड़होर के॥

मेला के नमन ठेली ठेला के नमन बाटै नमन प्रशासनिक सकल समाज के।

बाँस बल्ली तम्बू चोप नमन बा बिजुरी के नमन विराजमान सभा सिरताज के।

पंडा के नमन बाटै झंडा के नमन बाटै नमन बा घरी बेला तिथि मिति आज के।

गंगा के नमन शिवगंगा के नमन बाटै नमन हमार वा प्रयाग तीर्थराज के॥

देश के नमन वा प्रदेश के नमन बाटै, नमन विदेश के नमन कल आज के।

नगर शहर घर-घर के नमन बाटै नमन प्रशासनिक सकल समाज के।

बार-बार उग्रवाद आदि के नमन बाटै नमन वा जाति-पाँति राजकाज के।

हवाला के घोटाला के नमन घुसखोरी जी के नमन गाँधी जी सफल सुराज के॥

हिन्द के नमन हिन्दुवाई के नमन बाटै नमन वा बोली भाषा कुल आज काल के।

टाई कोट पैण्ट सूटकेस के नमन बाटै नमन बा खान-पान पोछनी रूमाल के।

सी़॰डी॰ के नमन बा सिनेमा के नमन बाटै नमन बा डिस्को के डान्स वाली चाल के।

नाशा सिगरेट के नमन बा हिरोइन के नमन बा गुटखा क्रिकेट वाली बाल के॥

स्रोत :
  • पुस्तक : गीत मंजरी
  • संपादक : हरिराम द्विवेदी, जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
  • रचनाकार : रामजियावान दास ‘बावला’
  • प्रकाशन : सर्व भाषा ट्रस्ट, नई दिल्ली
  • संस्करण : 2021

Additional information available

Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

OKAY

About this sher

Close

rare Unpublished content

This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

OKAY