इन्कलाब जिन्दाबाद
शहर भर में झगड़ा-फसाद।
केहू के बाप मुअल, केहू के चाचा मराइल
केहू के बेटा मुअल, केहू के मांग धोआइल
केहू घायल हो के बाप-बाप चिल्लात रहे
त केहू बेहोशी में छटपटात रहे।
ओही दंगा में हमरो कतल हो गइल।
शांति बहाल करे खातिर पुलिस गोली चलवलस
आ तुरन्त एक सौ चौवालिस धारा लगवलस।
जब फसादी लोग पुलिस का डरे भाग गइल
त डाक्टर ले पहिले—
नेता लोग आ अखबार वालन के भीड़ लाग गइल।
मरेवाला के घरे एक लाख रुपया आ—
एक आदमी के नोकरी, नेता जी एलान कइनी।
जवन काम आदमी जियता में नइखे कर सकत
तवन मुअला पर कर सकेला—
ई बात आज हम मान गइनी।
हम त मरे के मर गइनी बाकिर—
हमरा बेटा के भाग जाग गइल।
जवन बेरोजगार घूमत रहे ओकर नोकरी लाग गइल।
पहिले ऊ बेरोजगार हो के हमरा के—
कोसत आ गरियावत रहुए।
आज सबेरे-सबेरे का दो हमरा फोटो पर—
माला चढ़ावत रहुए।
ऊ खुश बा कि बाबूजी मरे के मर गइले
बाकिर एगो लमहर काम कर गइले।
मेहरारूओ खुश बीआ कि बेटी खातिर—
अब नीमन घर जोहाई।
जेतना तिलक लागी ओतना दिआई।
हमार इहे कामना बा कि हमरे अइसन—
भगवान सबकर दुख हर लेस।
बाप कटास त कटास बाकिर—
बेटा का नोकरी के साथे रुपया से घर भर देस।
हम केकर-केकर गुन केतना-केतना बखानी
हम बड़ा खुश बानी, हम बड़ा खुश बानी,
हम बड़ा खुश बानी।
- पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 68)
- रचनाकार : तंग इनायतपुरी
- प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
- संस्करण : 2013
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.