देश के महान अर्थशास्त्री प्रोफेसर धनिक लाल से
जब हम पुछनी कि ई गरीबी रेखा का ह,
इहो मेक मोहन रेखा त ना ह?
अखबार में त एकर बहुते रटना रटाइल
बाकिर, हमरा ई आज ले ना बुझाइल।
एकरा पर बहुते लेख लिखाइल
मंच पर नेता लोग चिल्लाइल
बाकिर जेकरे से पूछनी उहे बतावे में कतराइल।
काल्हे देखीं ना, एगो से पुछनी त कहलस—
रे बोतल! तोरा आज ले ना बुझाइल
रात-दिन रेडियो चिकरऽतिया
तोरा तबहूँ ना सुनाइल।
आरे सामाजिक न्याय, नयकी शिक्षा नीति
नयकी आर्थिक नीति—
एकरे पर नू आधारित बा।
अब लीं! अबहीं ले हम एकेगो के फेर में रहनी हँ
तले कई गो भेंटाइल
सुन के हमार दिमाग चकराइल।
स्कूल में पढ़त रहनी तऽ मास्टर साहेब बतवले रहले—
सरल रेखा आ वक्र रेखा
कॉलेज में जाते बिना बतवले जान गइनी
फिल्मी रेखा आ—
नोकरी के तलाश में जननी भाग्य रेखा;
जाने के जहाँ तक सवाल बा तऽ हम
कर्क रेखा आ विषवत रेखा तक ले जान गइनी,
बाकिर एकर तऽ हम लोहा मान गइनी—
ई गरीबी रेखा का ह—आज ले केहू ना बतावल
जगे-जगे छान मरनी
हम कबो अपना मूड़ी पर खोजनी कबो गोड़ तर
बाकिर हमरा ई आज ले ना बुझाइल कि—
हम एकरा नीचे बानी कि ऊपर।
रउरा विद्वान हईं रउरे बताईं
इ कहवाँ बा तनी चाँट लगाईं।
ऊ मुस्कइले, हँसले फेर जोर-जोर से ठहाका लगवले
आऽ देखते देखत उनका आँख में लोर भर आइल
उ गंभीर हो गइले आ कहले—
हम गरिबियो के जान तानी आ रेखो के।
रेखा हमार पत्नी रहली जे गरीबी से लड़त लड़त—
एह दुनिया से मुँह मोड़ गइली
आ गरीबी से लड़े खातिर हमरा के—
अकेले छोड़ गइली।
उनकर ई बात हमार चेहरा उतार देहलस
हमरा ठकुआ मार देहलस
हमरा ठकुआ मार देहलस!
- पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 74)
- रचनाकार : तंग इनायतपुरी
- प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
- संस्करण : 2013
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.