उड़त बा खून के छींटा, हवा में सनसनी बाटे
uDat ba khoon ke chhinta, hava mein sansani bate
ब्रजभूषण मिश्र
Brajbhushan Mishra
उड़त बा खून के छींटा, हवा में सनसनी बाटे
uDat ba khoon ke chhinta, hava mein sansani bate
Brajbhushan Mishra
ब्रजभूषण मिश्र
और अधिकब्रजभूषण मिश्र
उड़त बा खून के छींटा, हवा में सनसनी बाटे
इहाँ मरघट मतिन चुप्पी बा, छवले मुरदनी बाटे
रहे लागल बा अब चउपाल साँझी के बहुत सूना
लगावत लोग होते साँझ घर के सिटकिनी बाटे
भइल हर घर अखाड़ा, लोग सगरो कमर कसले बा
जहाँ जेकर लहत बा देत मजिगर पटकनी बाटे
पराया तऽ पराया, होत बाटे घात अपनन से
इहाँ हर आदमी के मन में पइसल छनमनी बाटे
कली आ फूल का हर ओर बाटे फूल से खतरा
बगइचा में आ फुलवारी में ईहे सुनगुनी बाटे
- पुस्तक : समय के राग (पृष्ठ 76)
- संपादक : जगन्नाथ, भगवती प्रसाद द्विवेदी
- रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
- प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
- संस्करण : 2003
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.