Font by Mehr Nastaliq Web

मुहब्बत खेल हऽ अइसन

muhabbat khel haऽ aisan

मनोज भावुक

अन्य

अन्य

मनोज भावुक

मुहब्बत खेल हऽ अइसन

मनोज भावुक

और अधिकमनोज भावुक

    मुहब्बत खेल हऽ अइसन कि हारो जीत लागेला

    भुला जाला सभे कुछ आदमी, जब प्रीत लागेला

    अगर जो प्यार से मिल जा माँड़ो-भात खा लीले

    मगर जो भाव ना होखे, मिठाई तींत लागेला

    पड़े जब डाँट बाबू के, छिपीं माई का कोरा में

    अजी, बात बचपन के मधुर संगीत लागेला

    कबो केहू ना आपन हो सकल मतलब का दुनिया में

    डुबावत नाव ऊहे बा, जे आपन हीत लागेला

    कहानी के तरे पूरा करीं, रउवे बताईं ना

    बनाईं के तरे हम छत ढहे जब भीत लागेला

    दुखो में ढूँढ़ लऽ ना राह 'भावुक' सुख से जीये के

    दरद जब राग बन जाला जिनिगी गीत लागेला

    स्रोत :
    • रचनाकार : मनोज भावुक
    • प्रकाशन : हिन्दवी के लिए लेखक द्वारा चयनित

    संबंधित विषय

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY