रउरा उर्दू में लिखीं भा भोजपुरी में ग़ज़ल
raura urdu mein likhin bha bhojapuri mein ghazal
तंग इनायतपुरी
Tang Inayatpuri
रउरा उर्दू में लिखीं भा भोजपुरी में ग़ज़ल
raura urdu mein likhin bha bhojapuri mein ghazal
Tang Inayatpuri
तंग इनायतपुरी
और अधिकतंग इनायतपुरी
रउरा उर्दू में लिखीं भा भोजपुरी में ग़ज़ल
मत लिखीं सरकार कबहूँ बेशऊरी में ग़ज़ल॥
आईना ह इश्क़ के खुद्दारी के चेहरो ह ई
घुट के मर जाई अनेरे, जी हजूरी में ग़जल॥
हुस्न के आ इश्क़ के उ छोड़ के खोजे फजूल
तीर में, तलवार में, बन्दूक, छूरी में ग़ज़ल॥
रोटी के उनवान से हम शेर त लिखनी मगर
भूख ले के का करी अपना मजूरी में ग़ज़ल॥
एक धड़कन फासला पर मौत बइठल बा जहाँ
जिन्दगी गावे ओही मकसूस दूरी में ग़ज़ल॥
आत्मा, परमात्मा के बीच के अनुराग हऽ
चाहे हम अजमेर में लिख्खीं कि पूरी में ग़ज़ल॥
हम आ तूँ गाड़ी के पहिया, जिम्मेवारी बा सवार
जिन्दगी नाचे आ गावे बन के धूरी में ग़ज़ल॥
पाँच गो शेरन में बस जिनगी सिमट के रह गइल
तंग इनायतपुरी के बा तंग दूरी में ग़ज़ल॥
- पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 72)
- रचनाकार : तंग इनायतपुरी
- प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
- संस्करण : 2020
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.