गुजर रहल बा जिन्दगी
gujar rahal ba jindgi
गुजर रहल बा जिन्दगी,
कहाँ पुगल बा जिन्दगी।
मलाल नइखे वार से
गिरल महल बा जिन्दगी।
सवाल मुश्किल बा बहुति,
कमाल छल बा जिन्दगी।
सुगंध जइसन फूल से,
गुलाब जल बा जिन्दगी।
मिलल कबो कींचड़ नदी,
खिलल कमल बा जिन्दगी।
- पुस्तक : गुजर रहल बा जिन्दगी (कविता-संग्रह) (पृष्ठ 132)
- रचनाकार : अनीता साह
- प्रकाशन : ओरिएन्टल पब्लिकेशन हाउस प्रा. लि., काठमांडू, नेपाल
- संस्करण : 2025
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.