Font by Mehr Nastaliq Web

अइसन ई परधानी बा

aisan ii pardhani ba

ब्रजभूषण मिश्र

ब्रजभूषण मिश्र

अइसन ई परधानी बा

ब्रजभूषण मिश्र

और अधिकब्रजभूषण मिश्र

    अइसन परधानी बा

    आपन माल चुहानी बा

    नदिया सूखल रेत भइल

    कतहूँ मोती चानी बा

    भाषण में भुलवावत बा

    अइसन राजा-रानी बा

    जे बाहर बा, भीतर ना

    एकर अकथ कहानी बा

    जहाँ-कहीं खुशहाली बा

    राजा बा, रजधानी बा

    स्रोत :
    • पुस्तक : समय के राग (पृष्ठ 74)
    • संपादक : जगन्नाथ, भगवती प्रसाद द्विवेदी
    • रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
    • संस्करण : 2003

    संबंधित विषय

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY