Font by Mehr Nastaliq Web

ना हटल मकड़जाला

na hatal makaDjala

तैयब हुसैन पीड़ित

तैयब हुसैन पीड़ित

ना हटल मकड़जाला

तैयब हुसैन पीड़ित

और अधिकतैयब हुसैन पीड़ित

    ना, हटल मकड़जाला, खूबे भइल हाला!

    जूनियर जी अइलन सिनियर जी अइलन,

    आवे के कहके मिनिस्टर ना अइलन,

    लोगन के लागल बा, ठकमुरकी लाला!...

    सरकारी घर के ना केहू बा वारिस,

    काम इहाँ होला भरोसे सिफारिस,

    या खर्ची पइसा फुर्ती जाला!...

    शासन के जाला पर लोकतंत्र हाबी,

    हर बड़का, छोटका के गला पकड़ दाबी,

    फाइल में रह जाला सगरी घोटाला!...

    भइया हो जनता पर रही जबले पाला,

    मकड़ा हर काम में लगइहेंसऽ जाला,

    जुटबऽ खुल जाई तुरते हर ताला!...

    स्रोत :
    • पुस्तक : सुर में सब सुर (पृष्ठ 36)
    • रचनाकार : तैयब हुसैन पीड़ित
    • प्रकाशन : शब्द संसार, पटना
    • संस्करण : 2011

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY