Font by Mehr Nastaliq Web

सारा संबंध हवा में

sara sambandh hava mein

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

सारा संबंध हवा में

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    हत्या के फूल खिलल

    अपराधी मौसम में

    बारूदी गंध हवा में

    सारा संबंध हवा में।

    सूरुज बा खून में नहाइल

    चंदा के चेहरा मरुआइल

    सन्नाटा साँय-साँय गूंजे

    विप्लव के बीज बा बोआइल

    मुट्ठी में बंद आज

    प्रकृति के हाथ पाँव

    सृष्टि के प्रबंध हवा में

    सारा संबंध हवा में।

    बाहर आ भीतर दम घूँटे

    आपस के रिश्ता सब टूटे

    हिम्मत हर मोड़ पर डेराइल

    के जाने के का कब लूटे

    आपस में हाथ मिले

    विस्फोटक भावन के

    अचके अनुबंध हवा में

    सारा संबंध हवा में

    भाषा में करुआहट आइल

    गीतन के सपना अँउघाइल

    मधुर भाव छंद पड़ल परती

    लोहू के खेत लहलहाइल

    मुरझाइल चेहरा ले

    फूल-फूल सूँघ रहल

    शस्त्र के सुगंध हवा में

    सारा संबंध हवा में

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 31)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY