Font by Mehr Nastaliq Web

अर्थ सब कपूर भइल

arth sab kapur bhail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

अर्थ सब कपूर भइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    शब्द सिकुड़ल आ सिमटल लजाइल खड़ा

    राग रस्ता भुला के डेराइल खड़ा

    अर्थ सब कपूर हो गइल

    गीत चूर-चूर हो गइल

    भाव मन के बहेंगवा बेलूरा भइल

    छंद साँचो कमी में छिछोरा भइल

    कतना मजबूर हो गइल

    गीत चूर-चूर हो गइल

    व्याकरण के प्रतिष्ठा चढ़ल दाव पर

    आ समीक्षा निमक बन गइल घाव पर

    भाषा बबूर हो गइल

    गीत चूर-चूर हो गइल

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 28)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY