Font by Mehr Nastaliq Web

आयल चुनाव फेरु आय गइलैं

aayal chunav pheru aay gailain

रामजियावान दास ‘बावला’

रामजियावान दास ‘बावला’

आयल चुनाव फेरु आय गइलैं

रामजियावान दास ‘बावला’

और अधिकरामजियावान दास ‘बावला’

    पइसा विकासे खाय गइलै, आयल चुनाव फेरु आय गइलैं॥

    एमएलए एमपी गाँव परधानी। जीत होइ जाला काटैले चानी।

    जन हित सपना भुलाय गइलै, आयल चुनाव फेरु आय गइलैं॥

    मीठ मीठ बातिन के घुट्टी पियावैं। भाषण से जनता के जिव जुड़वावैं।

    नून और निंबुआ चटाय गइलैं, आयल चुनाव फेरु आय गइलैं॥

    चुन जालैं जहिया ले नाचैलैं नंगा। पोषैलैं गुण्डा करावैले दंगा।

    पुश्तैनी धंधा बनाय गइलैं, आयल चुनाव फेरु आय गइलैं॥

    नौकर रखालैं साहब कहालैं। इन्हीं के सह पा के चूस चूस खालैं।

    गर्दन पर छूरा चलाय गइलैं, आयल चुनाव फेरु आय गइलैं॥

    भीतर से करिया उपर उजराई। गाँधी के नेहरू देतौं दोहाई।

    गंगा के उल्टी बहाय गइलैं, आयल चुनाव फेरु आय गइलैं॥

    एक ओर मारै उधाय महंगाई। बिजुरी बिल 'बावला' का बताई।

    चमचन के साधे धधाय गइलैं, आयल चुनाव फेरु आय गइलैं॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : गीत मंजरी
    • संपादक : हरिराम द्विवेदी, जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
    • रचनाकार : रामजियावान दास ‘बावला’
    • प्रकाशन : सर्व भाषा ट्रस्ट, नई दिल्ली
    • संस्करण : 2021

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY