Font by Mehr Nastaliq Web

रोजे इ बिंब चोरावे

roje i bimb chorave

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

रोजे इ बिंब चोरावे

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    शब्दन के झुरमुट में बइठल कइसन घात लगावे

    चोर-उचक्का भइल गीत, रोजे ई बिंब चोरावे

    मुट्ठी में आकाश तलाशे, आसमान पर रोटी

    सागर के गहराई में ढूँढ़े पर्वत के चोटी

    दरपन का देखीं, दरपन हमरे में देखे आवे

    चोर-उचक्का भइल गीत, रोजे ई बिंब चोरावे

    भाव-भंगिमा भाग पराइल, शैली कोना सटकल

    बन्द, छंद, रस, अलंकार के डरहीं तारू चटकल

    ई प्रयोग के नया दरोगा छुटले मुँह गरियावे

    चोर-उचक्का भइल गीत, रोजे ई बिंब चोरावे

    पंक्ति-पंक्ति सब डूब गइल जब बाढ़ चइत के आइल

    अगहन के गर्मी में सब उपमा प्रतीक पगलाइल

    भादो के बरखा देखीं ना, सुखले फगुआ गावे

    चोर-उचक्का भइल गीत रोजे ई बिंब चोरावे

    कोइलर के कू-कू में खोजे इंकलाब के बोली

    पंचम स्वर लागे, छूटे जब बंदूकन से गोली

    नव-गीतन के तानसेन ई उल्टा राग सुनावे

    चोर-उचक्का भइल गीत रोजे ई बिंब चोरावे

    बबुरी के डाढ़ी पर खोजे ई चोंचा के खोंता

    कठवा के पिंजड़ा में पोसे उचरावेला तोता

    बीन बजा के कविता के आंगन में भइँस नचावे

    चोर-उचक्का भइल गीत रोजे ई बिंब चोरावे

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 29)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY