Font by Mehr Nastaliq Web

गाँव भइल शमशान

gaanv bhail shamshan

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

गाँव भइल शमशान

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    मरघट पर मेला लागल बा गाँव भइल शमशान

    सियारिन फेंकरे साँझ-बिहान।

    टोला टपरी भय में बाटे

    पल-पल ई सदियन में काटे

    बाग बगइचा के दिल दहले आतंकित खरिहान

    सियारिन फेंकरे साँझ-बिहान।

    मानवता मन मार के बइठल

    गाँवाँ-गाँईं विषधर पइठल

    सामूहिक हत्या जोहत बा, लइका-बूढ़-जवान

    सियारिन फेंकरे साँझ-बिहान।

    अंगना में चुड़इल के डेरा

    लागे कवनो दैवी फेरा

    बढ़म-पिचास दुआरे बइठल, भुतहा भइल बथान

    सियारिन फेंकरे साँझ-बिहान।

    दिनहीं में दहशत डेरवावे

    राती खाँ मउवत धमकावे

    दिन उदास भकसावन रतिया, सूरूज बा ना चान

    सियारिन फेंकरे साँझ-बिहान।

    हाय सपनवो सपने लागे

    रात-रात भर मड़ई जागे

    राजा तहरा राज-पाट में काँपे गाँव-गिरान

    सियारिन फेंकरे साँझ-बिहान।

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 26)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY