Font by Mehr Nastaliq Web

गीत सावन भइल

geet savan bhail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

गीत सावन भइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    मन के मौसम इ अजबे सुहावन भइल

    छंद रिमझिम भइल गीत सावन भइल

    गाँव-गँवई के रूपक बधारे चलल

    शिल्प अँगना में मुखड़ा संवारे चलल

    कथ्य चंदन भइल बिंब दरपन भइल

    छंद रिमझिम भइल गीत सावन भइल।

    भावना पर मथेला के बिन्दी सजल

    रस-अलंकार पाँवे महावर लगल

    बन्द चितवन भइल, शब्द अंजन भइल

    छंद रिमझिम भइल, गीत सावन भइल।

    पाँव पायल के रुनझुन भइल अन्तरा

    स्वर पहिरलस इ सरगम जड़ल घांघरा

    रूप कुंदन भइल भाव कंगन भइल

    छंद रिमझिम भइल गीत सावन भइल।

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 22)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY