Font by Mehr Nastaliq Web

अरे अब पूछीं मत

are ab puchhin mat

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

अरे अब पूछीं मत

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    महँगाई के हाल अरे अब पूछीं मत।

    ऊपर से हड़ताल अरे अब पूछीं मत॥

    सस्ता आँसू बिके अउर ई महँगा हँसी बिकाइल

    जवन परतगर मिलल बजारे ऊहे माल किनाइल

    ई शुरुआती साल अरे अब पूछीं मत

    ऊपर से हड़ताल अरे अब पूछीं मत।

    सूखा-सूखी बितल दशहरा रोवत दिवाली आइल

    नंगा नाच देख दंगा के होली भी शरमाइल

    गुम-सुम बा चौपाल अरे अब पूछीं मत

    ऊपर से हड़ताल अरे अब पूछीं मत।

    बीतल जात उमिरिया रोजो बा दहेज के झंखना

    बेटी ससुरइतिन ना भइली सपना रह गइल सपना

    जिनगी भइल जवाल अरे अब पूछीं मत

    ऊपर से हड़ताल अरे अब पूछीं मत।

    टुकड़ा-टुकड़ा गाँव भइल आ खंड-खंड छितराइल

    जात-पात का मेला में ई भाई-बन्द हेराइल

    मनई भइल हलाल अरे अब पूछीं मत

    ऊपर से हड़ताल अरे अब पूछीं मत।

    जात-धरम के मेला लागल जे चाहो से कीनो

    बेंचे वाला बेंच रहल बा जहवाँ रातो दीनो

    के के भइल दलाल अरे अब पूछीं मत

    ऊपर से हड़ताल अरे अब पूछीं मत।

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 33)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY