Font by Mehr Nastaliq Web

आपन ई जीवन कइसा बा

aapan ii jivan kaisa ba

ब्रजभूषण मिश्र

ब्रजभूषण मिश्र

आपन ई जीवन कइसा बा

ब्रजभूषण मिश्र

और अधिकब्रजभूषण मिश्र

    छत दरकल

    दीवार ढहल बा,

    हमरा घर केवाड़ कहाँ बा—

    छीपे खातिर आड़ कहाँ बा!

    घात लगवले व्याधा सगरो

    घूम रहल बा गाँव नगरिया,

    जाल लगा के फँसा-फँसा के

    बेंचे हम के बीच बजरिया;

    सोन चिरइया कहाँ लुकाए,

    बाँचल जंगल झाड़ कहाँ बा!

    भले दहाइल, भले सुखाइल,

    केहू घर त्योहार मनेला,

    उनुका खातिर परी देश

    साँचो रुपया झाड़ फरेला;

    फाटल बाटे जेबी आपन,

    धोती, आँचर, फाँड कहाँ बा!

    मौसम करे हजूरी उनुकर

    जिनका पाले पद, पइसा बा,

    जग में पद ना पइसा बाटे

    आपन जीवन कइसा बा

    प्रेसरकूकर के युग आइल,

    पीये खातिर माँड़ कहाँ बा!

    स्रोत :
    • पुस्तक : खरकत जमीन बजरत आसमान (पृष्ठ 102)
    • रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
    • प्रकाशन : वनांचल प्रकाशन, तेनुघाट (बोकारो)
    • संस्करण : 2015

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY